रउरा सासन के बाटे
रउरा सासन के बाटे ना जवाब भाई जी,
रउरा कुरसी से झरेला गुलाब भाई जी।
रउरा भोंभा लेके सगरों आवाज करीला,
हमारा मुंहवा में लागल बाटे जाब भाई जी।
रउरे बुढ़िया के गलवा में क्रीम लागेला,
हमरी नइकी के जरि गइले भाग भाई जी।
रउरे लरिका त पढ़ेला बिलाईत जाई के,
हमरे लरिका के जुरे ना किताब भाई जी।
हमरे लरिका के रोटिया पर नून नइखे,
रउरा चांपीं रोज मुरगा कबाब भाई जी।
रउरे अंगुरी पर पुलिस आऊर थाना नाचे ले,
हमरे मुअले के होखे न हिसाब भाई जी।
......
No comments:
Post a Comment