अब ना सहब हम जुलुमियां
(सरगम )
अब ना सहब हम जुलुमियां तोहार
सा प प प ध प म प म ग , सा सा
भले भेजा जेहलिया हो
म रे म ,प ,ध प
सगरे छिंटाइलबा हमरे कमीनी
नि नि ध प ध प म प ध सां ध प
हमहीं उगाईं हमहीं अब कीनी
नि नि ध प ध प म प ध सां ध प
हम भइनी गंगा के ढहल कगार
सा प प प ध प म प म ग , सा सा
करीं तोहरी टहलिया हो
म रे म ,प ,ध प
.....
अब ना सहब हम जुलुमियां (CHORDS)
(Em)अब ना सहब हम जु(Am)लुमियां तोहार
भले भे(D)जा जेहलिया (Em)हो
(D)सगरे छिंटाइलबा (Em)हमरे कमीनी
(D)हमहीं उगाईं हम(Em)हीं अब कीनी
(Em)हम भइनी गंगा के ढ(Am)हल कगार
करीं तो(D)हरी टहलिया (Em) हो
(Em)अब ना सहब हम जु(Am)लुमियां तोहार
भले भे(D)जा जेहलिया (Em)हो
अब ना सहब हम जुलुमियां (LYRICS)
अब ना सहब हम जुलुमियां तोहार
भले भेजा जेहलिया हो
सगरे छिंटाइलबा हमरे कमीनी
हमहीं उगाईं हमहीं अब कीनी
हम भइनी गंगा के ढहल कगार
करीं तोहरी टहलिया हो
तोहरे लरिकवा के मोटर आउ गाड़ी
हमरे लरिकवा के खांची कुदारी
उड़ल हवा में झोपड़िया हमार
हँसे तोहरी महलिया हो
पुलिस मिलिटरी के गांवे बोलाक
दागेल गोली तू हमके पोल्हा के
कबले चली इ बनुकिया तोहार
दहके लागी नलिया हो
देख सिवनवा के पेड़ सुगबुगाइल
पूरब में सूरज के लाली छिंटाइल
गंगा जस उमड़ल बा जनता के धार
ढहि जाइ महलिया हो
No comments:
Post a Comment